शिया वक्फ बोर्ड अध्‍यक्ष वसीम रिजवी के जान मारे के योजना बनावत दाउद के तीन गो गुर्गा गिरफ्तार


नयी दिल्ली, 13 अप्रैल (वार्ता) दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल उत्तर प्रदेश शिया वक्फ बोर्ड के अध्‍यक्ष वसीम रिजवी के जान मारे के योजना बनावत डी कंपनी (अंडरवर्ल्ड डॉन दाऊद इब्राहिम) के तीन गो गुर्गन के गिरफ्तार कइलसि.
स्पेशल सेल के एगो वरिष्ठ अधिकारी आजु बतवलें कि तीनों के उत्तर प्रदेश के बुलंदशहर से गिरफ्तार कइल गइल बा. आ एहनी के पहचान आरिफ, अबरार अउर सलीम का रूप में भइल बा. एहनी का लगे से हथियारो बरामद भइल बा.
अधिकारी बतवलें कि स्‍पेशल सेल के खुफिया जानकारी मिलल रहुवे कि बुलंदशहर में डी कंपनी के कुछ गुर्गा कवनो बड़ वारदात करे के योजना बनावत बाड़े सँ. एही सूचना पर ए तीनों के गिरफ्तार कइल गइल. बतावल जात बा कि तीनों डी कंपनी से लगातार संपर्क में रहले सँ. थे।

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..