शुभम तिवारी छा गइल बाड़न
-


“कानून हमरा मुट्ठी में” का बाद “तू ही मोर बालमा” के चमकत सितारा शुभम तिवारी अउरी छा गइल बाड़न. अपना हर फिल्म में टॉप दरजा के हीरोइन राखे वाला शूभम हालही में अपना “मल्ल युद्ध” के शूटिंग पूरा कइले बाड़न. एह फिल्म में उनुकर नायिका बाड़ी रानी चटर्जी. शुभम का लगे पाँच गो फिल्म बा आ एहमें से कई गो फ्लोर पर बाड़ी सँ. रविकिशन आ रानी चटर्जी का साथ शुभम के “खेला” जल्दिये रिलीज होखे वाली बा. झारखण्ड से आइल शुभम भोजपुरी सिनेमा के चमकत सितारा बने का राह पर तेजी से बढ़ रहल बाड़न.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts