शुभम तिवारी संग रिंकु घोष के ठुमका
-

सिनेमा भोजपुरी के युवा सितारा शुभम तिवारी आ सुपरहिट अदाकारा रिंकु घोष का ठुमका भोजपुरिया दर्शकन के खूबे भावत बा. दर्शक शुभम आ रिंकु के ठुमका के मजा हालिया प्रदर्शित ‘भईया हमार दयावान’ में उठावत बाड़े जवन पिछला हफ्ता से मुंबई के पचीसन सिनेमाघरन में देखावल जात बा. एह फिल्म के बहुते बढ़िया रिस्पांस मिलल बा.

‘भईया हमार दयावान’ में शुभम आ रिंकु घोष पर जबरदस्त गाना फिल्मावल गइल बा. अनेके बेहतरीन सीनो बावे एह जोड़ी के. फिल्म में ई जोड़ी मियाँ बीबी का रूप में बा.

शुभम तिवारी के अगिला फिलिम जवन रिलीज होखे वाली बा ऊ हवे ‘कलुआ भईल सयान’.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts