शुरू भइल ‘‘जय पंडित’’

jai-pandit
पाण्डेय सिने विजन प्रा. लि. के बैनर तले बनत भोजपुरी फिलिम ‘‘जय पंडित’’ के शुरूआत पंडौल (मधुबनी) समेत बिहार के कुछेक लोकेशन पर शूटिंग कर के कइल गइल. निर्माता जगमोहन सिंह शेट्टी आ निर्देशक प्रकाश सिंह के एह फिलिम में नवोदित जय त्रिपाठी जय पंडित के टाईटल किरदार करत बाड़न. पूजा सिंह, किरन यादव, तेज नारायण यादव, दीपक भाटिया आ पवन मिश्रो के भूमिका खास बाड़ी सँ.

लेखिका गीता तोमर, संगीतकार अविनाश झा ‘‘घूँघरू’’, गीतकार आर. आर. पंकज, आ मनोज मतलबी, अउर छायांकन करेवाला वकील यादव हउवें.


(प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..