सच्ची अपराध कथा : शरीफ चोरन के कमाल

शनिवार २९ मई का दिने बलिया के प्रतिष्ठित कम्प्यूटर व्यवसायी रजनीकान्त सिंह का कम्प्यूटर प्रतिष्ठान फ्रेण्ड्स कम्पयूटर में शातिर चोरन के एगो गिरोह एगो लैपटाप पर हाथ साफ कर दिहलसि. एह गिरोह में कम से कम पाँच आदमी रहलें जवना में से तीन लोग कर्मचारियन के बढ़िया से अप लिहले रहुवे आ भीतर शोरूम में घुसल दू गो चोर सफाई से एगो लैपटाप गायब कर दिहलें.
Five thieves just before the theft caught on camera
सबसे खास बात ई रहुवे कि देखे में पांचो शरीफ लउकत रहले. दू गो के उमिर त बाकायदा बुजुर्ग वाली रहे. बाकिर एगो लैपटाप चोरावे खातिर पाँच गो चोर कवना तरह मिल जुल के काम कइलें ई देखे लायक बा.
Enlarged pics of the thieves caught on camera
ओकनी के दुर्भाग्य् इहे रहे कि जानत ना रहलें सँ कि चोरी के वीडियोग्राफी हो रहल बा. बाकिर अब तक घटना के तीन दिन बादो ले पुलिस ओह चोरन के तलाश नइखे कर पवले जबकि पूरा सुबूत सामने बा.
Thieves caught on camera

0 Comments