'सरफिरा' के संगीत मुहूर्त भव्यता से मनावल गइल

sarfira-muhurtन्यू इंदिरा इंटरनेशनल के बैनर तले बनत फिलिम “सरफिरा” के संगीत मुहुर्त पिछला दिने मुंबई के M4U स्टूडियो में कइल गइल. एह मौका पर उदित नारायण आ प्रियंका सिंह के आवाज़ में गाना रिकार्ड कइल गंइल.

निर्माता नरेन्द्र सिंह के एह फिलिम के लेखक-निर्देशक मिथिलेश अविनाश, गीतकार विनय बिहारी, राजेश मिश्रा अउर अशोक सिन्हा, संगीतकार छोटे बाबा, निर्माण नियंत्रक कन्हैया (रवि कुमार) हउवें.

मुख्य भूमिका में शिवम तिवारी, अविनाश शाही, जितेन्द्र सिंह, दीपक भाटिया, विष्णु शंकर बेलू , अमित उपाध्याय, गोपाल राय आ विपिन सिंह वगैरह बाड़ें.

एकर शूटिंग 15 मार्च से शुरू हो जाई.

लेखक-निर्देशक मिथिलेश अविनाश कहलें कि ई फिलिम समाज में पसरल बुराइयन के उजागर करी आ देखाई के कइसे एगो आम आदमी के जब इंसाफ ना मिले, समाज से बेर बेर धोखे मिलेला त ऊ मजबूर “सरफिरा” बन जाला आ अन्याय से लड़े खातिर आखिरी रास्ता ध लेला.


(अपना न्यूज)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..