‘सरफिरा’ बन गइले शिवम तिवारी

shivamभोजपुरी सिनेमा के ही मैन कहल जाए वाला अभिनेता शिवम तिवारी अब ‘सरफिरा’ बनल नजर आवे वाला बाड़न. हाल ही में ऊ एगो भोजपुरी फिलिम ‘सरफिरा’ साइन कइलन जवना में ऊ माथ भूमिका करीहें.

न्यू इंदिरा एंटरटेनमेंट के बैनर तले बने जात एह फिलिम के निर्माता नरेन्द्र सिंह, निर्देशक मिथिलेश अविनाश, संगीतकार छोटे बाबा आ गीतकार अशोक सिन्हा हउवें. हाल ही में एह फिलिम के म्यूजिकल लांचिंग मुम्बई के एम फोर यू स्टूडियो में भइल.

एहसे पहिले शिवम तिवारी के ‘फौजी’ बॉक्स ऑफिस पर हंगामा मचा चुकल बिया आ एह घरी ऊ ‘घुस के मारब’ में लागल बाड़ें.


(समरजीत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..