सरबजीत का मामिला में पाकिस्तान पलटी मरलसि

काल्हु दिन में कहल गइल रहे कि पाकिस्तान का जेल में पिछला बीस साल से अधिका से कैद सरबजीत सिंह के रिहा कर दिहल जाई काहे कि राष्ट्रपति जरदारी ओकर सजाय माफ कर दिहले बाड़ें. फेर पता ना रात में का हो गइल कि राष्ट्रपति के प्रवक्ता के बयान आइल कि ई सब कुछ गलतफहमी भइल बा. असल में सरबजीत ना सुरजीत सिंह के रिहाई के आदेश दिहल गइल बा आ उहो माफी के मामिला ना ह. सुरजीत आपन सजा काट चुकल बा आ एहसे ओकरा के रिहा कर के भारत भेजे के फैसला लिहल गइल बा. सरबजीत के सजाय के माफी के कवनो बात नइखे.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..