बाक्स आफिस पर लगातार छह गो सफल फिल्म दे चुकल निर्माता आलोक कुमार के नया फिलिम “साजन चले ससुराल” १० जून के बिहार में २१ गो थियेटर में रिलीज भइल. गायक खेसारी लाल यादव एह फिल्म से अपना अभिनय कैरियर के शुरुआत कइले बाड़न. गाँव के सीधवा नवजवान का भूमिका में आइल खेसारी लाल यादव का साथे स्मृति सिन्हा, नेहाश्री सिंह, आकाश सहाय, गिरीश शर्मा, किरण यादव, रवि बहल, सीपी भट्ट, संतोष स्रिवास्तव, ऋतु पाण्डेय, तेज बहादुर यादव आ अनूप अरोड़ा के खास किरदार बा. गीत संगीत अशोक दीप के बा. कुछ गीत प्यारेलाल कवि आ कृष्णा बेदर्दी के बा. एह फिल्म में खेसारी के मशहूर “सईंया अरब गइले ना” गीतो के शामिल कइल गइल बा. निर्देशन बा प्रेमांशु सिंह के, छायांकन हीरा सरोज, संपादन जितेन्द्र सिंह जीतू, एक्शन दिलीप यादव, नृत्य रामदेवन के आ कार्यकारी निर्माता हवें विकास कुमार.
(स्रोत : प्रशान्त-निशान्त)
Wah re khesriya lal yadav tai to dineshlal yadav se bhi aage badh gaile re… bas laag rah aise bahut jaldi tore film me rinku ghosh , monalisa aur pakhi hegde jaisan hiroin tore sange kaam karehai…..
bolo us koki arkesta me naach dikhaye