सामाजिक पृष्टभूमि पर बनल बा ‘बैरी बालम’
-

bairi-balamसुपर म्यूजिक मूवीज़ के फिलिम ‘बैरी बालम’ के एडिटिंग शुरू हो गइल बा. एहमें सुदीप पांडेय, राखी त्रिपाठी, संजू सिंह, प्रीति सिंह, आलिशा खान, सकल बलमुआ, रंजना देसाई, दीपंकर सिंह, अर्चना सिंह, सतीश साहनी, गीता रानी, संजय रजक, भावन झा, धमेन्द्र सम्राट, रमेश मिश्रा, नीरज रवि, आसिफ खान, विरेन्द्र राय, रामस्वरूप भगत वगैरह मुख्य भूमिका में बाड़े.
निर्मात्री पूनम गोस्वामी, पटकथा सुजीत कुमार पप्पू आ अजित मंडल के लिखल, सह-निर्माता- संजीव कुमार, निर्देशक जितेन्द्र कुमार सुमन.
एह सामाजिक पृष्ठभूमि वाला फिलिम मे एक्शन, रोमांस आ कॉमेडी के तड़का दर्शकन के भरपूर मनोरंजन कराई. कथा-संवाद आ गीत सुजीत कुमार पप्पू के बा. संगीत राकेश त्रिवेदी के. फिलिम के आठ गो गाना के आवाज दिहले बाड़े उदित नारायण, दीपा नारायण, कल्पना, प्रिया भट्टाचार्या, राकेश त्रिवेदी आ नीरज रवि.
नवोदित संजू सिंह एहमें चॉकलेटी हीरो बनल बाड़े.
एकरा के छठ का समय रिलीज करे के सोचल बा.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts