सीबीआई से डेरवावत बिया भाजपा – कहलन रामगोविन्द


बलिया, 30 मार्च (वार्ता). उत्तर प्रदेश विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष रामगोविन्द चौधरी शुक का दिने बांसडीह में अपना गोल के कार्यकर्तन के बइठक के संबोधित करत कहलें कि देश आ प्रदेश के भाजपा सरकार खाली झूठ आ फरेब का बल पर चलत बिया. एह लोग के कहला आ कइला में बहुत फरक बा. अपना विरोधियन के ई लोग सीबीआई के डर देखवावत बा.
भाजपा पर वादाखिलाफी के आरोप लगावत रामगोविन्द चौधरी कहलन कि भाजपा सरकार जनता से कइल अपना वादन पर अमल नइखे करत. योगी सरकार में सूबा में अपराध के बोलबाला हो गइल बा आ कानून व्यवस्था खतम हो गइल बा.
चौधरी अपना सपा कार्यकर्तन के लोकसभा चुनाव 2019 का तइयारी में लाग जाए के गोहारो लगवलन.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..