सीमा सिंह घवाहिल भइली

महुआ टीवी के नाच धमाल के शो “नाच नचइया धूम मचइया” खातिर शूटिंग करावत घरी आयटम डांसिंग क्वीन सीमा सिह हाल में घवाहिल हो गइली. सीन में दू गो साथी नर्तक उनुका के उपर उठवले नाचत रहले तबहिये संतुलन बिगड़ गइल आ ऊ नीचे पटका गइली, जवना से उनुका कपार में बहुते चोट आ गइल. सीमा सिंह के तुरते अर्द्ध बेहोशी का हालत में एंबुलेन्स से ले जा के अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ उनुकर हालत स्थिर बतावल गइल.

उनुका के जल्दिये अस्पताल से छूट्टी मिल जाये के उमेद बा जवना का बाद ऊ फेर अपना शो आ फिलिमन के शूटिंग में व्यस्त हो जाई.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

2 Comments

  1. Hari Govind Tiwari

    Mujhe anjoriya ki website bahut acchi lagati hai. Mai bhi is website par apana kuch vichar lekh aadi likhana chahata hun. Mujhe salah de ki mujhe kya karna hoga.
    H. Tiwari
    Sonebhara

    Reply
  2. Hari Govind Tiwari

    Seema singh samhal ke nachin aap surkshit rahab tabe na nach nachaiya dhum machaiya me maja aayee. Darshakan ke nirash na karin. Raur denh husn ke sailab ha. Samhali a seema jee.

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *