सीमा सिंह बनली फुलवा
-

भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन आयटम गर्ल फिल्म “सुगना” में जवन आयटम डांस कइले बाड़ी तवना में ऊ फूलन देवी जइसन बन के आइल बाड़ी. गाना के बोल हवे “मैं हूं फूलवा”. सीमा सिंह एह डांस में बंदूक त नइखी उठवले बाकिर अपना अदा से जरुरे ढेर लोग के घवाहिल कर दीहे. राजीव दिनकर अभिनीत एह फिल्म में सीमा सिंह के नृत्य निर्देशन खुद राजीवे दिनकर कइले बाड़न. सीमा सिंह के कहना बा कि एह डास भा गाना के फूलन देवी से कुछूओ लेना देना नइखे. गाना के शूटिंग हालही में छपरा में करावल गइल.

कहल जात बा कि एह डांस खातिर बनल सीमा सिंह के लहँगा बनवावे में बारह दिन आ दस लाख रुपिया लागल बा. तेज लाईट हाई वोल्टेज म्यूजिक पर ई बिजूरिया जवन नान स्टाप डांस कइले बिया ऊ शूटिंग देखे चहुँपल हर आदमी के गोड़ में थिरकन पैदा कर दिहले रहुवे. निर्माता एह गाना पर दिल खोल के पइसा खरचले बाड़न.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

1 Comment

  1. SANDEEP

    ALL THE BEST SEMA SINGH.
    SEMA SINGH IS A VERY HOT DANCER OF BHOJPURI CINEMA.

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts