सुबह के शुरुवात अजीत का साथ

साल २००८ के अगस्त महीना में भोजपुरिया मनोरंजन का क्षेत्र में अचानके एगो क्रांति आ गइल रहल जब भोजपुरी के पहिला मनोरंजन चैनल महुआ के उदय भइल रहे. जल्दिये एह चैनल के तिसरका सालगिरह मनावल जाई. एह तीन बरीस का दौरान महुआ में बहुते बदलाव भइल, कई धारावाहिक जबरदस्त सफलता हासिल कइले, त कुछ समय से पहिलही बंद हो गइले. एही आवा जाही का बीच महुआ के साथ अगर कुछ रहल जवन लगातार आगा बढ़त आइल त ऊ बा महुआ के लोकप्रियता, आ ओह पर लगातार चलत आ रहल कार्यक्रम बिहाने बिहाने. एह कार्यक्रम के एंकर हउवे अजीत आनंद. बिहाने बिहाने आ महुआ के साथ पहिलके दिन से बा आ एकरा के मजबूती दे रहल बाड़न बिहार के सिवान जिला के एगो लोक गायक अजीत आनंद.

गाँव के स्कूल आ शहर के कॉलेज के कार्यक्रमन में अपना आवाज़ से लोग के झूमावे देबे वाला अजीत की ख्याति भोजपुरिया क्षेत्र में पहिलही से रहल जवना चलते महुआ के त फायदा भइबे कइल, महुआ का चलते अजीतो के ख्याति पूरा देश में हो गइल. सादा जीवन उच्च विचार के हिमायती अजीत मानेले कि महुआ उनुका के संजीवनी दिहलसि आ ओकरे चलते आजु गैर भोजपुरियो उनुका के जाने लागल बाड़े.

एक हज़ार एपिसोड पूरा कर चुकल अजीत अब फिल्मी अभिनय का मैदानो में डेग धर दिहले बाड़न. बतौर हीरो उनुकर पहिला फिलिम प्रेम लगन के शूटिंग पूरा हो चुकल बा आ दुर्गा पूजा का समय एकरा के रिलीज कइल जाई. महुआ के पहिला शो बिहाने बिहाने के एंकर होखला का नाते कहल जाये लागल बा कि सुबह के शुरुवात होखे अजीत का साथ.


(स्रोत : उदय भगत)

1 Comment

  1. CHANDAN BIHARI

    kaise hai ajit bhaiya””Har kasti ka kinara nahi hota,jise karte hai pyar bus wo hamara nahi kota.Rota hoga sumundar bhi kisi ke intzar me,varna samundar ka pani itna khara nahi hota’