सुरक्षा खातिर सारनाथ मे मिशन क्लीन
-

वाराणसी के सारनाथ बौद्ध तीर्थ स्थल आतंकियन का निशाना पर होखला का चलते आपरेशन क्लीन शुरु कइल गइल बा. एह क्रम में चौखंडी स्तूप समेत अनेक प्रमुख मंदिरन का लगे से अतिक्रमण हटावल गइल बा. जे विरोध कइल ओकरा के पुलिस चहेट भगवलसि. सारनाथ मंदिर आ आसपास के इलाका पर कडा नजर राखल जात बा साथ ही इलाका के होटल आ लॉजनो पर निगरानी बढ़ा दीहल गइल बा.
जाने जोग ह कि सारनाथे में भगवान बुद्ध ज्ञान प्राप्ति का बाद अपना पांच गो शिष्यन के पहिला उपदेश दीहले रहले. एहिजे से दुनिया भर में बौद्ध धर्म के प्रचार भइल.
सारनाथ मे चीन, श्रीलंका, जापान, थाईलैण्ड, बर्मा समेत तमाम बुद्धिस्ट देशन के मंदिर बा जहाँ हर साल लाखौ बौद्ध पूजा अर्चना ला आवेले. एहिजा के एगो मंदिर में भगवान बुद्ध के दांत राखल बा. आ एगो बड़हन म्यूजियम में खुदाई मे निकलल सामान राखल गइल बा.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts