हँसी का तड़का में मनोज टाईगर के जलवा


एह हफ्ता महुआ टीवी के कॉमेडी शो “हँसी के तड़का” में भोजपुरी सिनेमा के कॉमेडी किंग मनोज टाईगर के जलवा देखे के मिली. शो के एंकर सुनील साँवरा मुन्ना भाई एमबीबीएस का गेटअप में आ के शो स्टार्ट करीहें आ उर्वशी सिंह का साथे दुनु जज, सुनील पॉल आ उपासना सिंह, के स्वागत करीहें. फेर अइहें एपिसोड के खास मेहमान जज का रुप में मशहूर कामेडियन मनोज टाईगर. फेर शुर हो जाई प्रतिभागियन के प्रस्तुति. बुल्लू एगो पियक्कड़ न्यूज रीडर के नकल उतरइहें त सोनू राजा एगो जानवर पाड़ा के तलाश में आइल दू गो रिपोर्टरन के हाल बयान करीहें. हर्षिका एगो सेक्सी लड़की का रुप में आके ओकर कहानी सुनाई त शाहरुख सरकारी स्कूल के मास्टर बन के अइहन. अरविंद गोविन्दा के नकल उतारी त पियुष एगो रोबोट के कहानी सुनाई. एपिसोड के समापन मनोज टाईगर आ जज लोग का गाना का साथ खतम होखी.
एह शो के प्रसारण रात नौ बजे से होला.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..