हँसी के तड़का में आनन्द मोहन

भोजपुरी टीवी चैनल महुआ के कॉमेडी शो “हँसी के तड़का” में अबकी शनिचर मशहूर हास्य कलाकार आनन्द मोहन के जलवा देखे के मिले वाला बा. शो के एंकर सुनील साँवरा तीस मार खाँ बनि के स्टेज पर अइहें आ आनन्द मोहन आ बाकी जज लोग के स्वागत करीहें. पहिला परफारमेंस रही नई दिल्ली के सुमन के जे कालेजिया लड़िकी बनि के अइहें आ कॉलजे के बात सुनइहें. नवादा के बुल्लू कबाड़ी के किरदार में अइहें जे आदमी के पार्ट्स बेची. भोपाल के रणवीर भूत का रुप में अइहें आ सुनइहें कि आजुकाल्हु भूतन के साथ का का दिक्कत आ रहल बा. जबलपुर के गायकवाड बतइहें कि बितल जमाना से आजु के जमाना में का बदलाव आइल बा. पहिले लोग कइसे प्यार करत रहे आ आजु कइसे करत बा. दिल्ली के पीयूष सुनइहें कि जानवरन के बोली सीखे जब जंगल में गइलन त उनका साथे का का भइल. देवरिया के पारितोष पाकिट मारन के वर्ल्ड कप के किस्सा सुनइहें. पारितोष के प्रस्तुति सबले शानदार रही आ उनुके के परफार्मर आफ दे डे के पुरस्कार मिली.
एह शो के प्रसारण शुक आ शनिचर का दिने रात नौ बजे से होखल करेला.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।