हार से दुखी नीतीश इस्तीफा दिहले
-

लोकसभा चुनाव 2014 में कड़ेर हार झेलला से दुखी बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार आजु सनिचर का दिने मुख्यमंत्री पद से इस्तीफा दे दिहलन आ राज्यपाल से निहोरा कइलन कि बिहार विधानसभा  भंग क दिहल जाय.

जानकार लोग के ककहना बा कि नीतीश के अनेसा बा कि उनकर पार्टी जदयू के विधायक बड़हन संख्या मे पाला बदल सकेले आ बिहार में नया सरकार बनावे के षडयंत्र हो सकेला.

जान जाईं जे सतरह साल ले भाजपा का संगे सरकार चलवला का बाद नीतीश कुमार गठबन्हन तूड़ दिहले रहलन. उनका लागल रहुवे कि नवीन पटनायक का तरह उहो भाजपा के हटा के मुसलमान वोट आ महादलित वोट का सहारे बिहार में आपन राजनीति चमका सकेलें बाकिर पासा उलटा पड़ गइल. ना खुदा ही मिला ना विसाले सनम वाला हाल में आ के अब नीतीश आपन नया दाँव फेंकले बाड़न.

थोड़ देर बाद आजु साँँझ के नीतीश कुमार मीडिया से अपना इस्तीफा का बारे में बतियइहें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts