हिन्दू युवा वाहिनी के प्रदेश संयोजक के हत्या
-

यूपी में हिन्दु युवा वाहिनी के प्रदेश संयोजक विष्णुदत्त ओझा के सोमार के सँझिया कुछ मोटरसाइकिल सवार हत्यारा बस्ती के गाँधीनगर मे हत्या कर दिहले. एह हत्या का खिलाफ काल्हु बस्ती जिला में बन्द के आह्वान रहे आ बन्द शान्ति से बीत गइल. हत्या का मामिला में ओझा के परिवार वाले छह लोग का खिलाफ नामजद रिपोर्ट दर्ज करवले बाड़े. पुलिस के बतावल गइल रहे कि हत्या के आशंका बा तबहियो ओझा के सुरक्षा के इन्तजाम ना भइल.

काल्हु कुआनो नदी का किनारे ओझा के अंतिम संस्कार कर दिहल गइल जवना समय गोरखपुर के सांसद योगी आदित्यनाथ आ डुमरियागंज के कांग्रेसी सांसद जगदम्बिका पाल समेत कई लोग मौजूद रहल. पुलिस अधीक्षक के कहना बा कि आरोपियन के गिरफ्तार करे के कोशिश हो रहल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts