१३ सितम्बर से बिहारी रिक्शावाला

BihariRikshawala-posterभोजपुरी के बहुचर्चित फिल्म “बिहारी रिक्शावाला” १३ सितम्बर से बिहार के सिनेमाघरों में शानदार ओपनिंग लेत रिलीज हो गइल. कबीर फिल्म इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल एह फिलिम के निर्देशक आ कहानीकार अविनाश त्रिपाठी, निर्माता अंशुल गुप्ता, सह निर्माता रोहित लाधा, लेखक सत्येन्द्र गुप्ता, पटकथा संवाद लेखक अरविंद तिवारी,

एह फिलिम में ‘बिहारी रिक्शावाला’ बनल विनय आनंद के नायिका बाड़ी अंजना सिंह जे एगो मुस्लिम नेता के बेटी का भूमिका में बाड़ी. साथ में मनोज टाईगर , आनंद मोहन, किरण यादव, सतेन्द्र गुप्ता, श्रद्धा नवल, नेहा मेहता, शिल्पी शुक्ल, बबलू खान, दिनेश राय , श्रुति दुबे आ संजय पांडे मुख्य भूमिका में बाड़ें.

शूटिंग बिहार के डेहरी ओन सोन में भइल रहे.


(उदय भगत)

0 Comments

Recent Posts

🤖 अंजोरिया में ChatGPT के सहयोग

अंजोरिया पर कुछ तकनीकी, लेखन आ सुझाव में ChatGPT के मदद लिहल गइल बा – ई OpenAI के एगो उन्नत भाषा मॉडल ह, जवन विचार, अनुवाद, लेख-संरचना आ रचनात्मकता में मददगार साबित भइल बा।

🌐 ChatGPT से खुद बातचीत करीं – आ देखीं ई कइसे रउरो रचना में मदद कर सकेला।