२ जुलाई के रिलीज होखी जाबाँज जिगरवाले
-

भोजपुरी सिनेमा के मशहूर चेहरा विनय आनन्द, सुशील सिंह, आ विराज भट्ट का शानदारी अदाकारी से सजल रोमांटिक एक्शन फिल्म जाबाँज जिगरवाले २ जुलाई के बिहार झारखण्ड के सिनेमाघरन में रिलीज होखे जा रहल बा. दर्शना आर्ट्स का बैनर में बनल एह फिल्म के निर्माता दीपक अधिकारी आ लीलाधर नुएपेन हउवें आ निर्देशक निर्मल के॰सी॰.

एह फिल्म में विनय आनन्द एगो ईमानदार पुलिस अधिकारी के भूमिका कइले बाड़न. फिल्म में उनकर नायिका बाड़ी पुरजोना प्रधान. विराज भट्ट एगो फक्कड़ मशलमैन के भूमिका में बाड़े आ उनकर नायिका बाड़ी सोनाली जोशी. बाकिर बाहुबली सुशील सिंह जेकरा लगे धन, पावर, शोहरत सब कुछ बा उहो सोनाली जोशी के दिवाना बा. सोनाली जोशी एह फिल्म में बहुते ग्लैमरस भूमिका में बाड़ी. साथी कलाकारन में रत्नेश बरनवालम सुनीता शर्मा, संतोष शुक्ला, नीलिमा सिंह, आ अरविंद उपाध्याय बाड़े.

कहानी संतोष मिश्रा के, कैमरा अकरम खान के, गीत अशोक कुमार दीप, प्यारेलाल आ श्याम देहाती के बा. संगीत अशोक कुमार दीप के बावे.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts