अश्विन का मेधा में अझूरइलें कंगारू
-

आजु दिल्ली टेस्ट का पहिला दिने आस्ट्रेलिया टीम के आठ गो खिलाड़ी दू सौ एकतीसे रन पर आउट हो गइलें. एहमें से चार गो विकेट अकेले रविचंद्रन अश्विन चटका दिहलें. तीस ओवर बालिंग में सतरह मेडेन चालीस रन दे के ऊ चार गो विकेट ले लिहलें. आस्ट्रेलिया के पाँच गो खिलाड़ी त बीसो रन ना बना पवलें. हालांकि पीटर ह्यूगेस उनसठ गेंद पर पैंतालिस रन आ स्टिवन स्मिथ एक सौ पैंतालिस गेंद पर छियालिस रन बना लिहलें. पीटर सिंडल सवा सौ गेंद खेल के सैंतालीसे रन बना पवलें. ईशांत शर्मा आ रविन्द्र जडेजा दू दू गो विकेट लिहलें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts