रेप करे ला लइकी भा कम उमिर के औरत चाहीं

देवरिया जिला में एएसपी से शिकायत करे आइल एगो औरत के सबका सोझा एगो अउर शर्मिंदगी झेले के पड़ गइल जब एएसपी ओकरा से लइकन के संख्या पूछलन आ फेर सबसे बड़ लइका के उमिर. औरतिया कहलसि कि चौदह साल त एएसपी साहब कह दिहलन कि अतना पुरानी मेहरारू से कवन बलात्कार करी? अलग बाति बा कि एह खराब टिप्पणी का बाद एएसपी मामिला के तहकीकात करे के कह दिहलन बाकिर उनकर टिप्पणी औरत के जवन घाव दिहलसि तवनो बलात्कार से कम ना माने के चाहीं. एह घटना के वीडियो एबीपी न्यूज पर देखावल गइल बा.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..