आदिशक्ति के कारपोरेट स्टाईल
-

DurgaDada
आदिशक्ति इंटरटेनमेंट के कारपोरेट स्टाईल से काम करे ला जानल जाला. कंपनी के कर्ताधर्ता दुर्गा प्रसाद मजूमदार पुरा फिल्म निर्माण प्रक्रिया के कारपोरेट अंदाज दे दिहले बाड़न. सबका के काम सँउप दिहल बा कि के कवन काम सम्हारी. हर विभाग ला अलग अलग लोग जिम्मेदार बा जवना से हर काम बढिया से होखेला. आदिशक्ति के कामयाबी के वजहो शायद इहे ह.

आजु भोजपुरी इंडस्ट्री के एक तिहाई फिलिमन से आदिशक्ति कवनो ना कवनो रूप से जुड़ल होले. आजु काल्हु एह फिलिमन में जब प्यार किया तो डरना क्या, निरहुआ हिन्दुस्तानी, आ प्यार मोहब्बत जिन्दाबाद तीन गो फिलिम बिहार में कामयाबी के झंडा गड़ले बाड़ी स.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts