‘खून भरी मांग’ 29 अगस्त से मुंबई में
-

Khesari-KBM
ग्रीन चिल्ली एंटरटेनमेंट प्रा. लि. के बैनर तर बनल फिलिम ‘खून भरी मांग’ ईद का मौका प बिहार में रिलीज भइला आ धूम मचवला का बाद शुक 29 अगस्त से मुंबई में देखावल जाई.

निर्माता प्रदीप सिंह भईया आ निर्देशक राजकुमार आर.पाण्डेय के एह फिलिम में खेसारी लाल यादव, मनोज आर.पाण्डेय, मोनालिसा, पाखी हेगड़े, रिंकू घोष, पंकज केसरी, राज चौहान, सम्भावना सेठ, परी सिंघानिया, अनूप अरोरा, बृजेश त्रिपाठी, संजय पाण्डेय, अवधेश मिश्रा, अयाज़ खान,जइसन सितारन के जमघट बा. सगरी कलाकार आपन बेहतरीन अभिनय कइले बाड़न.

निर्माता प्रदीप सिंह के उमेद बा कि उनुका एह फिलिम के बिहार के दर्शक बहुते पसंद कइलन आ अब मुंबईओ के दर्शक एकरा के आपन भरपूर प्यार जरूर दीहें.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts