गजब होई गवा के संगीतमय शुरुआत
-


पूजाश्री म्यूजिक कंपनी के प्रस्तुति भोजपुरी फिल्म “गजब होई हवा” के संगीतमय शुरुआत पिछला दिने मुंबई में करावल गइल जब मशहुर आ लोकप्रिय भोजपुरी गायिका कल्पना का आवाज में फिल्म के एगो गाना संगीतकार बाबा जागीरदार सिंह के निर्देशन में रिकार्ड करावल गइल. निर्माता इन्द्रजीत सिंह आ निर्देशक प्रकाश सिंह के ई पहिला भोजपुरी फिल्म होखी. दुनु जने एही फिल्म से आपन शुरुआत करे जा रहल बाड़े. फिल्म के मुख्य कलाकार विराज भट्ट आ रुबी सिहं का साथे दीपक भाटिया, विशाल अरोड़ा, नीलिमा सिंह, संजय विश्वकर्मा, संजय वर्मा, सागर सिंह, आजाद खअन, अकरम जौनपुरी वगैरह कलाकारन के नाम बा. फिल्म के कहानी एगो जाबाँज युवक का जिनिगी के कहानी बा जवन अपराध आ धोखाधड़ी का खिलाफ मोर्चा खोल देता जवना में ओकर साथ फिल्म के नायिका देत बाड़ी. गीत आ कहानी राम सागर राय के आ संगीत बाबा जोगिन्दर सिंह के बा. नृत्य निर्देशन मयंक अशोक के आ मारधाड़ निसार खान के बा.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts