नाच के मंच पर विनय आनन्द आ सीमा सिंह
-


भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार विनय आनन्द आ आयटम डान्सर सीमा सिंह जब कवनो फिल्म खातिर एक साथ नाचे तब मंच पर बिजली गिरल तये रहेला.पिछलो दिने इहे भइल जब भोजपुरी फिल्म “तुलसी बिन सून अँगनवा” खातिर अंधेरी के जेमिनी स्टूडियो में विनय आनन्द आ सीमा सिंह एगो नाच के शूटिंग कइल. स्टूडियो मेहमानन से खचाखव भरल रहे आ सभे नाच देख के मंत्रमुग्ध हो गइल. विनय आनन्द आ सीमा सिंह एहसे पहिले “साँवरिया आई लव यू” फिल्मो में गजब के डाँस कर चुकल बाड़े. अबकियो के डांस ओतने गजब ढावे जा रहल बिया. विनय आनन्द कहले कि ई डाँस फिल्म के एगो बढ़िया प्वांयट मानल जाई आ सीमो सिंह एह बाति से सहमत रहली. कहली कि डांस बहुते बढ़िया शूट भइल बा आ दर्शकनो के नचा के राख दी. शूटिंग देखत तमाम लोग थपड़ी बजा के एह जोड़ी के वाहवाही दिहल.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts