जदयू सांसद निषाद राष्ट्रपति के चुनाव लड़ीहें
-

मुजफ्फरपुर से सांसद कैप्टन जयनारायण निषाद राष्ट्रपति चुनाव लड़े के घोषणा कइले बाड़न. उनुकर कहना बा कि आजु ले कवनो अति पिछड़ा के राष्ट्रपति नइखे बनावल गइल. निषाद अपना खातिर समर्थन जुटावे बदे सगरी सांसद आ विधायकन के चिट्ठी भेजले बाड़न.
हालांकि अबही ले उनुका अपना खातिर प्रस्तावको नइखे भेंटात. पार्टी के समर्थन मिले के कवनो सवाले नइखे.
एहसे बेहतर हाल पी ए संगमा के बा जिनका उम्मीदवारी खातिर जयललिता आ नवीन पटनायक के समर्थन सामने आइल बा बाकिर उनुकर पार्टी राकांपा साफ मना कर दिहले बिया. संगमा के दावेदारी एह आधार पर बा कि आजु ले कवनो आदिवासी नेता के राष्ट्रपति नइखे बनावल गइल.
एह आधार पर अबहीं बहुते तरह के उम्मीदवारी सामने आवे के अनेसा बा. सबहीं जानत बा कि एहसे कुछ होखे हवाखे वाला नइखे बाकिर कुछ दिन मीडिय में प्रचार त मिलिए जाई.
सबले बड़का अनेसा बा कि कहीं प्रणव मुखर्जी के राष्ट्रपति मत बनवा दे कांग्रेस सरकार. उनुका जइसन बिना रीढ़ के राष्ट्रपति फखरुद्दीन अली अहमद, ज्ञानी जैल सिंह, प्रतिभा देवी सिंह पाटिल वगैरह के परंपरा में रही.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts