ब्रह्मेश्वर मुखिया के हत्या कर दिहल गइल
-

आरा में आजु सबेरे चार बजे टहले निकलल ब्रह्मेश्वर मुखिया के कुछ अपराधी गोली मार के हत्या कर दिहलें. कुछ महीना पहिले ब्रह्मेश्वर मुखिया अदालत से आरोप मुक्त भइला का बाद जेल से रिहा भइल रहलें. बिहार सरकार के मालूम रहे कि रणवीर सेना के पूर्व प्रमुख रहल ब्रह्मेश्वर मुखिया के जान पर हरदम खतरा बा. एकरा बावजूद उनुका के कवनो सुरक्षा ना दिहल गइल रहे.

नक्सली आतंक से इलाका के किसानन के बचावे का मकसद से बनल रणवीर सेना जमीन मालिक किसानन के सुरक्षा में बनल सशस्त्र संगठन रहुवे. नक्सलियन से मुकाबला करे में अनेके हत्याकाण्ड भइल जवना में कबो कबो बेकसूर औरतन आ बचवनो के मार दिहल गइल रहे. एही सब नरसंहार में ब्रह्मेश्वर मुखिया के गिरफ्तार कर के मुकदमा चलावल गइल रहे बाकिर अदालत सबूत का अभाव में उनुका के रिहा कर दिहलसि.

मुखिया के हत्या का बाद आजु आरा भोजपुर आ अगल बगल के कई इलाकन में छिटपुट हिंसा के खबर आवत बा. हो सकेला कि ई संघर्ष जातीय संघर्ष के रूप धर लेव. पुलिस प्रशासन हालात से निपटे में लागल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts