टटका खबर, 26 जनवरी 2017
-


आजु देश भर में 68वां गणतंत्र दिवस धूमधाम आ खुशी उल्लास का साथे मनावल जात बा. एह मौका प दिल्ली के राजपथ पर देश के सैनिक ताकत, प्रौद्योगिकी आ पुरहर सांस्कृतिक विरासत के शानदार झलक देखे के मिलल. परेड का बाद प्रंधानमंत्री दर्शक दीर्घा का लगे आ के लोगन के अभिवादन कइलें. गणतंत्र दिवस परेड में मुख्य अतिथि रहलन अबु धाबी के शहजादा मोहम्मद बिन जायद अल नाहयान. एह परेड में पहिला बेर यूएई के सैनिकन के एगो टुकड़ी अपना देश के झंडा लिहले शामिल भइल. एह दस्ते में डेढ़ सौ जवान शामिल रहलें.

बसपा सुप्रीमो मायावती आजु मऊ से बाहुबली आ मौजूदा विधायक मुख़्तार अंसारी के टिकट देबे के ऐलान के दिहली। पाहिले से उनुका भाई आ बेटा के बसपा से टिकट मिल चुकल बा।

अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रम्प मेक्सिको सीमा पर देवाल बनावे के आदेश जारी क दिहलन. कहलन कि सीमा के सुरक्षा कइला बिना कवनो देश ना रह सके आ असेरिको अपना सीमा के रक्षा करी आ गलत तरीका से देश में घुसे वालन प रोक लगाई.

गोण्डा के कौड़िया बाजार इलाका के गोंडा -बहराइच सड़क प आजु फजीरे एगो जीप आ ट्रक के टक्कर हो गइल. एह हादसा में नेपाल के रहे वाला दू जने समेत तीन लोग के मौत हो गइल. नेपाल के रुकुम जिला के रहे वाला पवन के सी (18), जलन परिहार(20) अउर इश्तियाक (45) जीप मे सवार होके गोण्डा से बहराइच ओर जात रहलें जब पीछे से आवत एगो तेज रफ्तार ट्रक जीप के धक्का मार दिहलसि.

छपरा के मांझी इलाका में संत मानल जोए वाला भाजपा नेता आ रघुनाथ गिरी के मठिया गांव के रहे वाला आचार्य केशवानंद के कात्हु रात कुछ अपराधी गोली मार के जान ले लिहले. बतावल जात बा कि देर रात कुछ लोग उनुका लगे आइल आ गाड़ी खराब होखे के बात कह के आपना साथे लिया गइल आ पुलिया प चहुँपते गोली मारल शुरी क दीहल. भाजपा के प्रदेश कार्यालय में आजु झंडा फहरवला का बाद आचार्य केशवानंद के हत्या पर दुख जतावत एगो टीम उनुका घरे ला रवाना क दीहल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts