तीन गो हीरोइनन का साथ निरहुआ के आखिरी रास्ता
-


भोजपुरी सिनेमा के बादशाह जुबिली सुपर स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ के आवे वाली फिल्म “आखिरी रास्ता” में तीन गो नायिका का साथे प्रेम रस रसावत देखल जाई. फिल्म में पाखी हेगडे, मोनालिसा, आ रिंकू घोष के भूमिका एक से बढ़ के एक बा. तीनो हीरोइनन का साथे निरहुआ के रोमांटिक आ दिलकश अन्दाज वाला गीत दृश्य फिल्मावल गइल बा. तीनो का साथ निरहुआ के अलगे अलग लव एंगल देखे के मिली एह फिल्म में. फिल्म के बाकी मुख्य कलाकारन में अशोक कुमार, रघुनाथ, मुख्तार खान, माया यादव, आ कामेडी किंग मनोज टाइगर शामिल बाड़े. साथ में सीमा सिंह आ दीपा ग्रेवाल पर फिल्मावल आयटम सांगो बा जे भर थियेटर नचा दीहि. गीत विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के, संगीत राजेश रजनीश के बा. फिल्म १४ जनवरी के बिहार में रिलीज होखे जा रहल बा.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts