नया साल में गुंजन पंत के मिलल नायाब तोहफा
-


भोजपुरी के टाप अभिनेत्रियन में शामिल गुंजन पंत के नया साल का मौका पर एगो नायाब तोहफा मिलल उनकर नया नया रिलीज फिल्म “नथुनिया पे गोली मारे” के शानदार सफलता से. ३१ दिसम्बर के रिलीज भइल एह फिल्म में “चोलिया के हुक राजाजी” वाला गीत दर्शकन के अतना बढ़िया लागल कि नयासाल का दिने गुंजन पंत का लगे बधाईयन के ताँता लाग गइल. दर्शकन के जोश के हाल ई रहे कि जेकरा टिकट ना मिले ऊ घरे लवटे का बदले अगिला शो का लाइन में लाग जाव. पिछलो साल गुंजन पंत के फिल्म “मार देब गोली केहू ना बोली” के शानदार सफलता मिलल रहे आ गुंजन पंत के गिनती भोजपुरी के टॉपथ्री नायिका में होखे लागल रहे. एह नया सफलता से गुंजन के जगहा अउरी पक्का हो गइल बा.
(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

2 Comments

  1. गंजन पंत बिशाल कुमार बिहार

    गंजन आप शे मे कुच कहन vishal

    Reply
  2. गंजन पंत बिशाल कुमार बिहार

    09878436823

    Reply

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts