निरहुआ के ‘‘वर्दी वाला गुन्डा’’

VardiwalaGundaसिनेमा भोजपुरी के जूबली स्टार दिनेशल लाल यादव निरहुआ अब ‘‘वर्दीवाला गुन्डा’’ ले के आवत बाड़े जवना में उनकर टाईटल भूमिका बा. नायिका बाड़ी अंजना सिंह. एह फिलिम में निरहुआ के एक से बढ़के एक संवाद सुने के मिली.

निर्माता राजेश सिंह पप्पु भाई, निदेशक अहमद फरोग सिददीकी, गीतकार विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव, आ संगीतकार हउवें मधुकर आनंद. फिलिम आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ बालाजी सिनेविजन के बैनर तले बनल बा.

मुख्य कलाकारन में निरहुआ, अंजना सिंह, अवधेश मिश्रा, शशिमोहन सिंह, मनोज टाईगर, ब्रजेश त्रिपाठी, गौरीशंकर, गोपाल राय, रजनीश झांजी बाड़ें.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts