पश्चिम चंपारण में नाबालिगन संगे दुष्कर्म

पश्चिम चंपारण जिला के मैनाटांड इलाका के पुरैनिया गांव के रहे वाली एगो लड़िकी जब घास काटे गइल रहे तब ओकर पड़ोसी शेख फिरकुल नेयाज आ शेख खुर्शीद ओकरा के जबरिया उठा के एगो सुनसान खेत मे ले जा के ओकरा से दुष्कर्म कइले.
एगो दोसर घटना रामनगर इलाका के रहुई गांव के ह जहअं गाँव के एगो नाबालिग लड़िकी साथे गाँवे के मंसूर नाम के लड़िका काल्हु रात दुष्कर्म कइलसि.
दुनु घटना में इलाका के थाना में मुकदमा दर्ज कर लिहल गइल बा आ पुलिस मामिला के छानबीन करत बिया.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts