पाखी दू गो फिलिम साईन कइली

PakhiHegde-polkadotsसिनेमा भोजपुरी के सुपरस्टार नायिका पाखी हेगड़े हाल ही में दू गो नया फिलिम साईन कइले बाड़ी. एगो फिलिम ह सी. पी. आई. मूवीज (सुजीत तिवारी) के परोसल आ सी. बी. वर्मा के बनावल जगदीश शर्मा निर्देशित फिलिम ‘‘जानी दुश्मन’’ जवना में पाखी पवन सिंह आ सुशील सिंह संगे बाड़ी. आ दोसरकी फिलिम ह ‘‘निरहुआ रिक्शावाला’’ फेम निर्देशक के. डी. के ‘‘नारी पाप निवारणी’’.

बतावल जात बा कि दुनु फिलिम जल्दिए फ्लोर पर जइहें सँ. तबले पाखी हेगडे के ‘‘प्यार मोहब्बत जिन्दाबाद’’, ‘‘हंटरवाली’’ आ मराठी फिलिम ‘‘गुलाबी’’ अउर ‘‘बातमी’’ प्रदर्शित होखे ला तइयार बाड़ी सँ.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..