बिहार के लल्ला मनोज तिवारी के हिन्दी गाना के दुनिया भर में धूम
-

बिहार के लल्ला, भोजपुरी मेगा स्टार अउर लोकप्रिय गायक मनोज तिवारी के पहिलके हिंदी फिल्म ‘गैंग ऑफ वास्सेपुर’ खातिर गावल गाना हंगामा मचा दिहले बावे. एह गाना ‘जियो ए बिहार के लल्ला…’ क लोकप्रियता के आलम ई बा कि प्रमुख म्युजिक वेबसाइटन पर अनुराग कश्यप के एह फिल्म के गाना के 5 स्टार रेटिंग दिहल गइल बा. यू ट्यूब पर एह गाना वाला ट्रेलर के लोग खूबे पसंद करत बा.

खुद मनोज तिवारी के भारते ना दुनिया भर से बधाई मिलत बा. फिल्म त पहिलहीं कांस फिल्म फेस्टिवल में शामिल हो चुकल बिया, तमाम चैनलो एह गाना के खूब बजावत बाड़ें. म्यूजिक के टॉप चार्ट में मनोज तिवारी के ई गाना नंबर वन पोजीशन ओर तेजी से बढ़त बा. अनेके लोग एकरा के आपन रिंग टोन बनवले बाड़ें. वइसे मनोज तिवारी एह गीत के लोकप्रियता का पाछे संगीतकार स्नेहा खानविलकर अउर गीतकार वरुण ग्रोवर क कुशलता आ अनुराग कश्यप के दक्षता बतावल बाड़ें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts