रणवीर रफ़्तार धइलसि
-

सिनेमा भोजपुरी के बहुते चरचा में रहल फिल्म “रणवीर” अब रफ़्तार धर लिहले बा. पिछला शुक के बिहार में रिलीज का बाद बढ़िया शुरूआत ना मिलल रहे बाकिर गँवे गँवे ई फिलिम दर्शकन का दिल में जगह बना लिहलसि.
.
तेलगु फिल्म इंडस्ट्रीज के मशहूर निर्माण कंपनी ए के इंटरटेनमेंट आ 14 रील्स इंटरटेनमेंट प्राइवेट लिमिटेड क सहयोगी कंपनी अल्टुरा फिल्म्स के एह पहिलका भोजपुरी फिल्म रणवीर में रवि किशन टाइटिल भूमिका में बाड़ें.

कहल जात बा कि रणवीर के भयंकर गरमी आ बढ़िया सिनेमाघरन के कमी अखरल लेकिन बाद में गँवे गँवे फिलिम रफ्तार धर लिहलसि आ अब सगरी बड़का सिनेमाघरन में एकर व्यवसाय लगातार बढ़त जात बा. एह हफ्ता एकर मुकाबला हिंदी के बहुचर्चित फिलिम राउडी राठौड से होखे वाला बा. बिहार के कई एक बड़का सेंटरन पर दुनु फिलिम एके साथ रिलीज़ होखत बा.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts