भोजपुरी के शान मालिनी अवस्थी के मिलल विश्व भोजपुरी सम्मान
-

Malini-awarded-at-Mauritius
हालही में मारीशस में भइल अंतर्राष्ट्रीय भोजपुरी सम्मेलन में भोजपुरी गायिका मालिनी अवस्थी के भोजपुरी गौरव सम्मान से सम्मानित कइल गइल. देश दुनिया में हमेशा भोजपुरी गायकी के शान बढ़ावे वाली मालिनी अवस्थी के मारीशस के राष्ट्रपति कैलाश परयाग का हाथे ई सम्मान दिहल गइल.

सम्मानित भइला का बाद राष्ट्रपति का निहोरा पर मालिनी आपन गायकी के जलवो देखवली.

अपना मारीशस यात्रा के अनुभव अपना फेसबुक पेज पर बतावत मालिनी लिखली कि मारीशस में एगो मंदिर में बहुते भीड़ देखली त पूछली कि का कारण बा एह भीड़ के. पता चलल त चिहुँक के रह गइली कि भीड़ देवोत्थानी एकादशी का चलते रहल. ओह दिन मंदिर में धूम धाम से तुलसी विवाह मनावल जात रहे. लिखले बाड़ी कि धन्य बाड़े मारीशस के लोग जे आजु ले भारत के संस्कृति आ संस्कार जोगवले रखले बाड़न.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts