भोजपुरी फिल्म के प्रोमोशन में उतरल एयरटेल
-

भारत के अग्रणी टेलिकॉम कंपनी एयरटेल अब भोजपुरी सिनेमा के प्रोमोशनो में डेग धर दिहले बिया.

कांस फिल्म फेस्टिवल में शामिल होखे वाली भोजपुरी के पहिलका फिल्म जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में के प्रोमोशन करे से एयरटेल एकर शुरुवात कइले बिया. अमेरिकन फिल्म निर्माण कंपनी पन फिल्म्स के बनावल एह फिल्म में भोजपुरी फिल्मन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन , भोजपुरी के बैडमेन अवधेश मिश्रा , शिखा , कोमल , ब्रिजेश त्रिपाठी वगैरह मुख्य भूमिका में बाड़े. फिल्म के निर्देशन धीरज कुमार कइले बाड़न.


जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में के निर्माता पवन शर्मा, सुधीर कदम आ खुशदीप बंसल से मिलल जानकारी का मुताबिक प्रोमोशन के तहत एयरटेल तीन गो कार्यक्रम आयोजित करी. पहिला कार्यक्रम गुजरात का सूरत में रवि किशन आ अवधेश मिश्रा का मौजूदगी में कइल गइल. अगिला दू गो वाराणसी आ पटना में फिल्म के रिलीज़ से पहिले आयोजित कइल जाई. इहे ना, एयर टेल टॉकिज पर जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में के एगो ऑडियो झलको प्रसारित कइल गइल बा. एकरा अलावे एस.एम.एस आ आउट बोंड डायलिंग से एयर टेल फिल्म के जानकारी दर्शकन तक पहुंचा रहल बिया.

बहरहाल एयर टेल जइसन बड़ कंपनी के भोजपुरी फिल्म जगत से जुड़ला से भोजपुरी सिनेमा के सम्मान बढ़ल बा.


(स्रोत : उदय भगत)

1 Comment

  1. दिवाकर मणि

    कांस फिल्म फेस्टिवल में शामिल होखे वाली भोजपुरी के पहिलका फिल्म “जरा देब दुनिया तोहरा प्यार में” के पूरा टीम के बहुत-बहुत बधाई…

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..