भोजपुरी साहित्य सेवियन के पाती अक्षर सम्मान से सम्मानित कइल गइल
-

बलिया, 27 मई. विश्व भोजपुरी सम्मेलन के बलिया इकाई आ पाती-रचना मंच के साझा आयोजन में आजु बिहार आ यूपी के सुदूर जनपदन से आइल विद्वान, रचनाकार, अउर सृजनकर्मी तिक्खर घाम आ गर्मी का बावजूद बढ-चढ़ के हिस्सा लिहलें.
बलिया के बापू भवन (टाउन हॉल) में आचार्य रह चुकल आ हिन्दी संस्कृत के विद्वान डॉ नन्द किशोर तिवारी का अध्यक्षता में मुख्य अतिथि डॉ अर्जुन तिवारी, विशिष्ट अतिथि डॉ नीरज सिंह, डॉ जयकान्त सिंह, डॉ ब्रजभूषण मिश्र, डॉ प्रेमशीला शुक्ल, कृष्ण कुमार वगैरह खासमखास लोगन का मौजूदगी में सम्मेलन के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष अउर भोजपुरी दिशाबोध के प्रतिष्ठित पत्रिका “पाती” के संपादक डॉ अशोक द्विवेदी सगरी अतिथियन के माला पहिरा के आ अंगवस्त्र शॉल से सम्मानित कइलन.
एकरा बाद भोजपुरी साहित्य में उल्लेखनीय योगदान करे वाला चुनाइल साहित्य-सेवियन के स्मृति चिह्न आ शॉल का साथे “पाती अक्षर सम्मान” से सम्मानित कइल गइल. अध्यक्ष आ मुख्य अतिथि का साथे गणमान्य लोगन का हाथे अक्षर सम्मान श्रीमती प्रेमशीला शुक्ल (देवरिया), श्री अनिल ओझा नीरद (कोलकाता), डॉ शत्रुघ्न पाण्डेय (बलिया), अउर श्री विजय शंकर पाण्डेय (वाराणसी) के दीहल गइल.
पूरा खबर अँजोरिया.कॉम anjoria.com पर पढ़ीं.

0 Comments

Recent Posts