मनोज तिवारी, रिंकू घोष आ निर्देशक असलम शेख फेरू एक संगे

Rinku_Aslam_Manoj
भोजपुरी सिनेमा के हिट तिकड़ी मेगास्टार मनोज तिवारी, नंबर वन अभिनेत्री रिंकू घोष आ मशहूर निर्देशक असलम शेख, एक बेर फेरू जुटल बाड़ें हंगामा मचावे. एह तिकड़ी के फिलिम “औरत खिलौना नहीं” के शूटिंग बिहार के बक्सर, सीतामढ़ी आ हाजीपुर में तेजी से चलत बा.

आरएआईएस फिल्म्स के बैनर में बनत एह फिलिम के निर्माता अविनाश रोहरा आ मोहम्मद असलम शेख, कहानी आ पटकथा लेखक खुद निर्देशक असलम शेख, संवाद लेखक मनोज कुशवाहा, गीतकार प्यारेलाल यादव कवि आ संतोष पुरी, संगीतकार धनंजय मिश्रा, कैमरामैन तांबन के., डांस मास्टर पप्पू खन्ना, अउर एक्शन निर्देशक बाड़न इकबाल सुलेमान.

एह फिलिम में मेगास्टार मनोज तिवारी आ नंबर वन नायिका रिंकू घोष का साथे मोनालिसा, शैलेश सिन्हा, मौसमी नायक, मोनिका घोष, मालिनी घोष, अवधेश मिश्रा, अयाज खान, अउर आलोक यादव खास बाड़ें. इम्तियाज असलम के एह फिलिम से लांच कइल जात बा आ एगो नया नायिका के तलाश जारी बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Recent Posts