राजकुमार पांडे के फिलिम ला सीमा सिंह के आयटम नंबर शूट

seema-singh47सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह पिछला दिने मुंबई के फ्यूचर स्टूडियो में चर्चित फिल्मकार राजकुमार पांडे के फिलिम ‘जीना तेरी गली में’ खातिर आपन आयटम नम्बर शूट करवली. एह आयटम के देखे ला भोजपुरी इण्डस्ट्री के तमाम दिग्गजन के जमावड़ा लागल रहे. एह आयटम में सीमा का साथही संजय पाडे, अवधेश मिश्रा आ अयाजो खान जमके डांस कइलें.

सीमा सिंह 25 मार्च से सीतामढ़ी में अपना फिलिम ‘रेजा’ के शूटिंग करवइहें. एह फिलिम के निर्देशक अजय झा आ निर्माता गोपाल भाई पटेल हउवें. फिलिम के मुख्य कलाकारन में मनोज दाव, अंजना सिंह, निरुपमा श्री आ दीपक भाटिया बाड़ें.

फिलिम ‘लड़ब मरते दम तक’ में सीमा सिंह के एगो दू गो ना पूरा छह गो आयटम नम्बर बा. डांस के सिक्सर मरला का साथही सीमा सिंह एह फिलिम में एगो इन्स्पेक्टर बनल बाड़ी हे बदमाशन के छक्का छुड़ावतो नजर आई. दुर्गा फिल्म्स प्रोडक्शन के बैनर तले बनत एह फिलिम ‘लड़ब मरते दम तक’ के निर्माता संजय कुमार मिश्रा आ निर्देशक जीत चटर्जी हउवन.


(शशिकांत सिंह)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..