राबड़ी आजु लालू से मिलिहें आ छह अक्टूबर के वरीय नेता लोग साथे बइठक करीहे

मुख्यमंत्री रहल राबड़ी देवी आजु बुध का दिने रांची मे राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव से मुलाकात करीहे आ ओकरा बाद छह अक्टूबर के पार्टी के चुनिंदा बड़का नेता लोग संगे बइठ के लालू के गिरफ्तारी का खिलाफ “सहानुभूति लहर” के अपना पक्ष मे करे के रणनीति बनइहें.
विधानसभा मे राजद विधायक दल के नेता अब्दुलबारी सिद्दिकी कहले कि अनेसा जतावल जात बा कि लालू के जेल गइला का बाद पार्टी के नुकसान होखी आ पार्टी टूट जाई. बाकिर ई सब बेकार के बात बा. पार्टी पूरा तरह से एकजुट बनल रही. पार्टी पर जब जब संकट आइल बा सगरी नेता आ कार्यकर्ता एकता देखवले बाड़े.
(वार्ता)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..