रिंकू घोष के फिल्म ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ शानदार पचास दिन पुरवलसि
-

सिनेमा भोजपुरी के ड्रीम गर्ल रिंकू घोष के फिल्म ‘केहू हमसे जीत ना पाई’ हालही में बिहार में सफलता का साथ पचासवाँ दिन मनवलसि. आ अबहियो एकर डंका बाजत बा. एह फिल्म में रिंकू घोष के नायक बाड़े भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन. डा. विजाहत करीम आ सुरोहिता करीम के बनावल एह फिल्म के निर्देशक हउवें एम.आई. राज.

मौजूदा दौर के अभिनेत्रियन में रिंकू घोष अकेला नायिका हई जे हिंदी फिलिमन में काम कइली, छोटका पर्दा पर दू गो सफल धारावाहिक कइली आ सिनेमा भोजपुरी में अइली त उनुका टक्कर के कवनो दोसर नायिका ना मिलल. रिंकू घोष भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी, रवि किशन, दिनेश लाल यादव ‘निहुआ’, पवन सिंह, आ विनय आनंद सबका साथ सबले बेसी सफल फिलिम दिहले बाड़ी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts