लागऽता डिम्पल निर्विरोध चुनइहें

कन्नौज लोकसभा सीट पर होखे जात उप चुनाव में सपा का तरफ से मुख्यमंत्री अखिलेश यादव के मेहरारू डिम्पल के उम्मीदवार बनावल गइल बा. डिम्पल का खिलाफ कांग्रेस, बसपा आ भाजपा में से कवनो दल आपन उम्मीदवार खड़ा करे के तइयार नइखे. बुध का दिने परचा दाखिल करे के आखिरी दिन होखी आ बुधे के पता चल जाई कि डिम्पल बिना चुनाव लड़ले जीत जइहें कि चुनाव के खानापूरी करे के पड़ी.

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..