शुभम तिवारी के ‘‘प्रतिघात’’

Shubham-Pratighaatभोजपुरी अभिनेता शुभम तिवारी अपना अगिला फिलिम ‘‘प्रतिघात’’ में पिंटू नामके एगो नौजवान के भूमिका में बाड़ें जवन एगो बाहुबली नीरज अहिरा खातिर काम करेला. बाकिर जब ओकरा नीरज के असलियत मालूम होखत बा त ऊ ओकरा विरोध में खड़ा हो जात बा. फेर जवन होखत बा तवने एह फिलिम “प्रतिघात” में देखावल गइल बा.

‘‘प्रतिघात’’ में शुभम तिवारी के नायिका बाड़ी अक्षरा सिंह. निर्देशन राष्ट्रीयपुरस्कार पा चुकल आनंद डी गहतराज के बा जे शुभम तिवारी के भोजपुरी परदा पर ब्रेक दिहले रहले. शूभम अपना पिछला फिलिम ‘‘कलुआ भईल सयान’’ आ ‘‘अंतिम ताण्डव’’ के सफलता से उत्साहित बाड़ें आ प्रतिघातो से उनुका ढेरहन उमीद बा. शुभम के एगो अउरी फिलिम ‘‘लड़ब मरते दम तक’’ जल्दिए रिलीज होखी.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..