सोना के दाम लगातार गिरल

दुनिया भर के बाजार में सोना के दाम मे भारी गिरावट का बाद काल्हु देश में सोना के भाव सताइस हजार छह सौ रुपिया प्रति दस ग्राम हो गइल बा. दुनिया में दाम बहुत गिरला का बावजूद भारत में ओतना नइखे गिरत काहे कि रुपिए के दाम बहुते गिर गइल बा.

काल्हु रात से पेट्रोलो के दाम तेल कंपनी एक रुपिया प्रति लीटर कम कर दिहले बाड़ी सँ. बाकिर किरासन तेल, डीजल, आ रसोई गैस के दाम में कवनो कमी नइखे भइल. डीजल के दाम अबही हो सकेला कि कुछ बढ़बे करे काहे कि तेलकंपनियन के अबहियों हर लीटर पर छह रुपिया से बेसी के नुकसान होखत बा.

0 Comments

Recent Posts