हँसी के तड़का में वीआईपी के धमाल
-

महुआ टीवी के हँसे हँसावे वाला शो “हँसी के तड़का” में आजु का एपिसोड में शो के एंकर सुनील सावरा “दबंग” स्टाइल में होखीहन. उर्वशी चौधरी मौजूद लोगन के शो के जानकारी दीहें.

लाफ्टर चैंपियन वीआईपी एह एपिसोड के खास मेहमान जज बाड़न. ऊ दोसरा के नकल उतारल, मिमिक्री करत, मंच पर अइहें आ पूरा शो में आपन धमाल मचइहें. शो के प्रतिभागी एक एक करके आपन कमाल देखइहें. रणबीर भोजपुरी निर्दैशक बन के अइहें. सुमन नारी मोर्चा लीडर का रुप में देखइहें कि द्रोपदी पाण्डव भाईयन से कइसे तलाक माँगत बाड़ी. बल्लू कालिया का रुप में भीख माँगत आई काहे कि ओकर सरदार बिहार के कवनो मंत्री के लूटे गइल रहे जहाँ उहे किडनैप हो गइल आ ओकर फिरीती देबे खातिर कालिया भीख माँगत बा. पारितोष लक्ष्मण बन के, खरबंदा बच्चा बन के, त संजय गायकवाड ओह स्कूल के कहानी सुनइहें जहाँ हर बात गाना गा के कइल जाला. अंत में वीआईपी परफार्म करीहें आ बतइहें कि बचपन में फिल्म स्टार लो ग कइसे रोवत होखी.

हँसी के तड़का धारावाहिक शो के प्रसारण महुआ टीवी पर हर शुक आ शनिचत के रात नौ बजे से होखल करी.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts