15 फरवरी से देशभर में रिलीज होखे जात बा ‘‘रखवाला’’

Rakhwalaसिनेमा भोजपुरी के मशहूर निर्देशक असलम शेख के होम प्रोडक्शन फिलिम ‘रखवाला’ 15 फरवरी से देश भर में रिलीज होखे जात बा. असलम शेख प्रोडक्शन्स आ सुजीत तिवारी के सी.पी.आई. मूवीज के एह प्रस्तुति के निर्माता हउवें इश्तियाक शेख ‘बंटी’ आ रीतू शर्मा.

सुपरस्टार निरहुआ एहमें पुलिस इंस्पेक्टर के भूमिका में बाड़न आ उनकर नायिका बाड़ी प्रतिभाशाली अदाकारा रिकूं घोष. फिलिम में एक्शन, इमोशन, ड्रामा का साथ ही मधुर गीत संगीतो सुने के मिली.

एह फिलिम में अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, बृजेश त्रिपाठी, माया यादव, संतोष श्रीवास्तव, उल्हास आ मनोज भावुक वगैरहो के प्रमुख भूमिका बा.

निर्देशक असलम शेख बतावत बाड़ें कि एह फिलिम में मौजूदा सिस्टम के दोष उजागर कइल गइल बा. कहलन कि ई उनकर ड्रीम प्रोजेक्ट ह.

फिलिम के शूटिंग जौनपुर आ मुंबई में करावल गइल रहे, गीतकार विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव, संगीतकार धनंजय मिश्रा, सह निर्माता विक्की ककड़, आ बिल्किस शेख, अउर कार्यकारी निर्माता अशोक कक्कड़ हउवें. एकर गाना ‘सईया लईका नीहन सुत जाता कोरा में’ त अबहियें से लोकप्रिय हो गइल बा.


(प्रशांत निशांत)

0 Comments

Recent Posts

अंजोरिया पर खोजीं -

आपन टिप्पणी, लेख, कहानी, कविता, विचार भेजे खातिर -

anjoria@rediffmail.com

अगर राउर रचना पहिला बेर आ रहल बा त आपन एगो रंगीन पासपोर्ट साइज फोटो साथ में जरूर डाल दीं.

पाठक-पाठिकन के राय विचार प्रतिक्रिया..