23 मार्च से बिहार में ‘काहे कईलऽ हमसे घात’
-

रीगल थियेटर फिल्म्स के बैनर तले बनल भोजपुरी फिल्म ‘काहे कईलऽ हमसे घात’ 23 मार्च के बिहार आ झारखण्ड में एक साथ कई सिनेमाघरन में जानल मानल वितरक न्यू रौनक फिल्म्स (पटना) रिलीज करे जात बाड़न.

निर्माता मुन्ना रिजवी बतावत बाड़न कि एह फिलिम में देखावल जाई कि कइसे आजु के दिलफेंक लड़िका अपना आशनाई मे सोझ सिधवा लड़िकियन के फँसा लेत बाड़े आ फेर ओकनी के शारीरिक शोषण करके बेमौत मरे के मजबूर कर देत बाड़े. कुछ अइसने भइल फिल्म में नायिका का साथे आ नायिका रानी के तब सगरी मरद जाति से नफरत हो जात बा. बाकिर जिनिगी का एगो मोड़ पर ओकरा फिल्म के नायक राजन से भेंट होत बा आ उनुका लागत बा कि सगरी मरद एके जइसन ना होखेले. बाकिर का साँचहू अइसने रहल ? बाद में जब ओकरा पता चलल कि प्यार के नाम पर ओकरा साथ चाल खेलल जात बा त ओकरा बड़हन धक्का लागत बा. ओकरा बाद का होखत बा, इहे देखावल गइल बा एह फिलिम में.

निर्माता मुन्ना रिजवी, निर्देशक संगीत कुमार, संगीतकार राज सेन, गीतकार एस. कुमार, कैमरामैन रवि चंदन, नृत्यनिर्देशक एंथोनी, संवादलेखक मनोज के. कुशवाहा आ सह-निर्माता शिवा चौधरी अउर कमर कुरैशी हउवें. कलाकारन में रानी चटर्जी, विराज भट्ट, राज प्रेमी, बृजेश त्रिपाठी, सूर्या, सी.पी. भट्ट, मेहनाज, अयाज खान, के.के. गोस्वामी, राम मिश्रा, रानी खान, डा. अभय आशियाना प्रमुख भूमिका में नज़र अइहें.

एह फिल्म में आइटम सांग पुरनेला राय पेश कइले बाड़ी.


( समरजीत के रपट से)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts